पाठ 125

1 जे यहोवा पर भरोसा रखअलन, ऊ सिय्योन पहाड़ के जइसन हयन, जवन टलत नाही, बल्कि हमेशा बनल रहअला। 2 जइसे यरूशलेम के चारों तरफ पहाड़ हव, ओइसहीं यहोवा अपने प्रजा के चारों ओरी अब से लेके हमेशा के बदे बनल रईहन। 3 दुष्टन क राजदण्ड धर्मीयन के हिस्सा पे बनल न रही, अईसन न होवअ की धर्मी आपन हाथ कुटिल काम के ओरी बढ़ावअ।' 4 हे यहोवा, भलन क आऊर सीधा मनवालन क भलाई करा। 5 लेकिन जे लोग मुड़के टेढ़ा रस्ता पे चलअलन, ऊ सब के यहोवा अनर्थकारियन के संगे भगा देईहन! इस्राएल के शांति मिलअ।(नीति.2:15)