1 जब इस्राएल मिस्र से, यानी याकूब के घराना दुसर भाषा बोलअ वाले लोगन के बीच से चललन, 2 तब यहूदा यहोवा क पवित्र स्थान अऊर इस्राएल ओकरे राज्य क लोग हो गइलन. 3 समुद्र देख के भगलन, यरदन नदी उलटा बही. (भज. ७७:१६) 4 पहाड़ भेड़न के जइसन उछलअ लगलन, अऊर पहाड़ी भेड़-बकरीयन क बच्चा के जइसन उछलअ लगलीन. 5 हे समुद्र, तोके का भइल, कि तू भागलअ? अऊर हे यरदन तोके का भयल कि तू उलटा बहल? 6 हे पहाड़न, तोके का भयल, कि तू भेड़ के जइसन, अऊर हे पहाड़ी तोके का भयल, कि तू भेड़-बकरीयन क बच्चा के जइसन उछलीं? 7 हे धरती प्रभु के सामने, हां, याकूब के परमेश्वर के सामने थरथरा. (भज. ९६:९) 8 ऊ चट्टान के पानी क ताल, चकमक के पत्थर के पानी क सोता बना डाललन .