पाठ 5
1
आदम क वंशावली ई हव। जब परमेश्वर मनुष्य क रचना कईलन, तब अपने ही स्वरूप में ओनके बनईलन।
1
2
ऊ नर अउर नारी करके मनुष्य के बनईलन अउर ओनके आशीष देहलन अउर ओनके सृष्टि के दिन ओनकर नाम आदम रखलन।
2
3
जब आदम एक सौ तीस साल क भईलन, तब ओनकरे समानता में ओनके स्वरूप के जईसन एक लड़का पैदा भयल। ऊ ओनकर नाम शेत रखलन।
4
अऊर शेत के जनम के बाद आदम आठ सौ साल जिंदा रहलन, अउर ओनके अऊर भी लड़का - लड़कीन पैदा भईलन।
5
एही प्रकार आदम क कुल आयु नौ सौ तीस साल रहल, एकरे बाद ऊ मर गईलन।
6
जब शेत एक सौ पांच साल क भईलन तब ओनसे एनोश पैदा भइलन।
7
एनोश के जनम के बाद शेत आठ सौ सात साल जिंदा रहलन, अउर ओनके अऊर भी लड़का - लड़किन पैदा भईलन।
8
एही प्रकार शेत क कुल आयु नौ सौ बारह साल रहल; एकरे बाद ऊ मर गईलन।
9
जब एनोश नब्बे साल क भईलन, तब ऊ केनान के जनम देहलन।
10
केनान के जनम के बाद एनोश आठ सौ पन्द्रह साल तक जिंदा रहलन, अउर ओनके अऊर भी लड़का - लड़किन पैदा भईलन।
11
एही प्रकार एनोश क कुल आयु नौ सौ पांच साल भयल; एकरे बाद ऊ मर गईलन।
12
जब केनान सत्तर साल क भईलन, तब ऊ महललेल के जनम देहलन।
13
महललेल के जनम के बाद केनान आठ सौ चालीस साल जिंदा रहलन, अऊर ओनके अउर भी लड़का - लड़कीन पैदा भईलन ।
14
एही प्रकार केनान क कुल आयु नौ सौ दस साल क भयल; एकरे बाद ऊ मर गईलन।
15
जब महललेल पैंसठ साल क भईलन, तब येरेद के जनम देहलन।
16
येरेद के जनम के बाद महललेल आठ सौ तीस साल जिंदा रहलन, अउर ओनके अऊर भी लड़का - लड़कीन पैदा भईलन।
17
एही प्रकार महललेल क कुल आयु आठ सौ पंचानबे साल भयल; एकरे बाद ऊ मर गईलन।
18
जब येरेद एक सौ बासठ साल क भईलन, तब ऊ हनोक के जनम देहलन।
19
हनोक के जनम के बाद येरेद आठ सौ साल जिंदा रहलन, अउर ओनके अऊर भी लड़का - लड़कीन पैदा भईलन।
20
एही प्रकार से येरेद क कुल आयु नौ सौ बासठ साल क भयल; एकरे बाद ऊ मर गईलन।
21
जब हनोक पैंसठ साल क भईलन, तब ऊ मतुशेलह के जनम देहलन।
22
मतुशेलह के जनम के बाद हनोक तीन सौ साल तक परमेश्वर के साथ - साथ चलत रहलन, अउर ओनके अऊर भी लड़का - लड़किन पैदा भईलन।
23
एही प्रकार से हनोक क कुल आयु तीन सौ पैंसठ साल क भयल।
24
हनोक परमेश्वर के साथ - साथ चलत रहलन; फिर ऊ लोप हो गईलन, काहेकी परमेश्वर ओनके उठा लेहलन।
3
25
जब मतूशेलह एक सौ सत्तासी साल क भईलन, तब ऊ लेमेक के जनम देहलन।
26
लेमेंक क जनम के बाद मतूशेलह सात सौ बयासी साल जिंदा रहलन, अउर ओनके अऊर भी लड़का - लड़किन पैदा भईलन।
27
एही प्रकार से मतुशेलह क कुल आयु नौ सौ उनहत्तर साल क भयल; एकरे बाद ऊ मर गईलन।
28
जब लेमेक एक सौ बयासी साल क भईलन, तब ओनसे एक लड़का क जनम भयल।
29
ऊ ई कहके ओनकर नाम नूह रखलन की, "यहोवा जवन धरती के श्राप देहले हयन, ओकरे विषय में ई लड़का हमने के काम में, अउर ऊ कठिन परिश्रम में जवन हम ने करिला, हम सब के शांति देईहन।"
30
नूह के जनम के बाद लेमेक पांच सौ पंचानबे साल जिंदा रहलन, अउर ओनके अऊर भी लड़का - लड़कीन पैदा भईलन।
31
एही प्रकार लेमेक क कुल आयु सात सौ सतहत्तर साल भयल, ओकरे बाद ऊ मर गईलन।
32
अउर नूह पांच सौ साल क भईलन; अउर नूह से शेम, अउर हाम अउर येपेत क जनम भयल।
1
5.1:
मत्ती 1:1, 1 कुरि. 11:7
2
5.2:
मत्ती 19:4, मर. 10:6
3
5.24:
इब्रा. 11:5